Русские видео

Сейчас в тренде

Иностранные видео




Если кнопки скачивания не загрузились НАЖМИТЕ ЗДЕСЬ или обновите страницу
Если возникают проблемы со скачиванием, пожалуйста напишите в поддержку по адресу внизу страницы.
Спасибо за использование сервиса savevideohd.ru



#Video

#Video सोहर-Sohar।Krishna Janam Sohar 2.O।Bhojpuri Sohar।Unplugged Bhojpuri। Ankita Pandit मुदई मने - दुश्मन जासो मने - जसोदा सोहर!बात जब कृष्णजन्मस्टमी के होखे आ सोहर ना गाववे इ हो नेइखे संकत। पुरातन काल से ही भोजपुरिया समाज में सोहर अउर कृष्णजन्मस्टमी के विशेष महत्व बा। इ भोजपुरी गायन के सोहर के ख़ूबसूरती ही बा की वर्तमान में सोहर भोजपुरिया क्षेत्र से बाहर निकल के लगभग पूरा दुनिया में प्रचलित हो रहल बा। लेकिन हमनी किहाँ इ विधा के बहुत पुरान समृध इतिहास रहल बा। आ एही कड़ी में हम आज फेर कृष्णजन्मस्टमी के अवसर पर एगो सोहर लेके आइल बानी। जीवन की भगवान कृष्ण के जीवन लीला पर आधारित बा। रउवा सभ के एह सोहर के माध्यम से कृष्ण जी के जीवन लीला बालपन अलौकिक क़िस्सा के सुने के मिली। जेमे इ बतावल गैल बा की भगवान कृष्ण कइसे महज़ तीन दिन के उमर में ही बांसुरी बजा रहल बाडे। उनका बांसुरी तान अतना मधुर बा की सभे विभोर हो जाता है।लेकिन कंस के डर से मइया यशोदा कृष्ण जी बांसुरी धीरे बजावे के कह रहल बाड़ी। भगवान कृष्ण के नटख़ट लीला के चलते राधा और अन्य गोपी लोग परेशान हो गइल बा। आ उनकर ओरहन लेके हमेशा नंद बाबा के घरे पहुँच रहल बा।। लेकिन असल में उ ओरहन ना बल्कि कृष्ण के मनोरम रुप के देखे के बहाना ह। त सुनी एह पारम्परिक गीत के जेकरा के लिखले बानी “…….”आ गावले बानी यानी की राउर अंकिता पंडित! @निरंजन भोजपुरी में सोहर के बहुत बड़हन क्षेत्र बा , एह विधा के व्यापकता अतना बा कि एह में गंगा गीत से ले के छठ गीत तक के छवंक रहेला । एह विधा के व्यापकता खलिहा पुत्र जनम से नइखे बलुक , ओह से जुड़ल सामाजिक , आर्थिक , व्यवहारिक आ पारिवारिक जिनगी के बात सोहर के गीतन में मिलेला । भोजपुरी में दु गो विधा ह , एगो सोहर ह आ एगो खेलवना ह । खेलवना शुद्ध रुप से लइका भा लइकी के भइला प ही होला । कबो कबो एह के लइका होखे वाला होखे ओह से पहिलहूँ गवा जाला बाकिर मूल रुप से खेलवना लइका/लइकी के भइला के बादे होला । खेलवना के संबंध खेलावे से बा । महतारी घर के बड़ बुजुर्ग से ले के टोला मोहल्ला के बच्चा बड़ सब एह में बाझल रहे ला यानि कि खेलावे में । सोहर के दू गो रुप होला , एगो पुर्व पीठीका , दुसरका उत्तर पीठीका । पुर्व पीठीका में बच्चा के जनम से पहिले प्रसुता के ले के गावल गीत । पुर्व पीठीका - जइसे - प्रथम गणेश पद .... उत्तर पीठीका के उदाहरण - जुग जुग जिअसु ललनवा .... सोहर के माने होला " सोहिलो " जवना के जदि अउरी विस्तार दिहल जाउ त इ हो जाई " मंगलगीत" । कृष्णदेव उपधिया जी लिखत बानी कि सोहर शब्द खुद कतने गीत में आवेला - बाजेला अनंद बधाव , महल उठे ' सोहर ' हो । ' गावहि मंगल मंजुल बानी । सुनि कलरव कलकंठ लजानी ' ॥ सोहर के जदि प्रायोगिक माने आ अर्थ देखल जाउ त इ खुशी के गीत के एगो विधा ह । वंश के प्रगति वंश के बढन्ती पीढी में दिया बारे वाला उत्सव के बहुत ब‌डहन खुशी के रुप में देखल जाला एह से कहीं ना कहीं सोहर मूल रुप से लइका के जनम से जुड़ गइल बा । ऐह सोहर गीत में धगरीन के प्रयोग कईल गईल बा । धगरीन लोग के बहुत महत्व रहल बच्चा के जन्म के बेरा काहें से उहे नार काटे के काम करत रहस। एह लेख के लिखत घरी हम एगो लोकगीत पढत बानी जवना में प्रसुता बच्चा के जनम से पहिले अपना मन के भाव प्रगट करत बाड़ी - सावन के सवनइया आंगन सेज डाली ले हो । ए पिया फुलवा फुलेला करइलिया गमक मन भावेला लो ॥ त सोहर के एगो इहो रुप ह , सोहर में श्रृन्गार से ले के करुण रस आ वियोग-विरह रस के प्रचुर मात्रा रहेला । सोहर में बहुत कुछ भाव समाहित बा । खेलवना मूल रुप से सोहर के ही एगो शाखा ह । भोजपुरिया इलाका में इ दुनो विधा मूल रुप से प्रसुता , वंश वृद्धि से ही जुड़ल बा । पिछला सई दू स साल के बीचे लोकगीतन प कुछ काम भइल बा जवना में लइका लइकी से इतर प्रसूता आ ह से जुड़ल कष्ट , श्रृन्गार प सोहर भा खेलवना लिखाइल बा । पुत्र प्राप्ति भा रुनुक झुनुक बेटी के मांगे वाला गीत के सोहर के श्रेणी में राखल एगो बहस के विषय बा । गंगाजी से बेटा मांगत , छठ माई से बेटा बेटी मांगत , अदितमल से बेटा मांगत । संझा पराती के कुछ गीत , गंगा गीत , छठ गीत , पिड़िया के गीतन में बहुत समानता मिलेला । @नबीन चंद्रकला कुमार Singer - Ankita pandit Lyrics - Traditional Music - Shushant Dev Mixing and Mastering - Ravi Shankar Vishwakarma Music label - Aarsy productions Video - Add 24 Services Private Limited Email [email protected] website - ankitapandit.com Instagram-   / bhvxt5alen6   ‌Facebook -   / join   this channel to get access to perks:    / @ankitapandit  

Comments